संपत्ति आ पूंजी – बतकुच्चन-223

संपत्ति आ पूंजी
wealth and capital

– टीम अंजोरिया

#बतकुच्चन #संपत्ति #पूंजी #औकात #बेंवत

ढेर दिन हो गइल कवनो बतकुच्चन कइल त सोचनी कि काहें ना आजु कुछ बतकुचने कर लीहल जाव. हालांकि लिखे चलल रहनी शेयर बाजार से जुड़ल एगो लेख बाकिर जानबे करीलें कि कवनो लेख लिपिबद्ध भइला से पहिले दिमाग में उमड़े-घुमड़ेला तब जा के कुछ बन पावेला. आ एही दौरान संपत्ति आ पूंजी, wealth and capital, औकात आ बेंवत, सामर्थ्य आ साहस जइसन शब्दन में मन अझूरा गइल.

आगा बढ़ला से पहिले एगो बात अउर. आजुकाल्हु करीब करीब हर केही ह्वाट्सअप पर आ ओकरा कवनो ना कवनो ग्रुप में शामिल रहेला. हमहूं चार पाँच गो ग्रुप पर बानी आ हमरा भरम बनल रहेला कि हम बाकी लोगन ला मुसीबत बानी कि बाकी लोग हमरा ला! हम अधिकतर भोजपुरी में लिखल करीलें आ बहुते कम लोग के आदत होला भोजपुरी पढ़े के. दोसरा भाषा वालन के त बाते छोड़ दीं जेकरा भोजपुरी समुझ में ना आवे, तकलीफ त तब होखेला जब भोजपुरिया लोग भोजपुरी बोले में, लिखे में, पढ़े में लजाए लागेला. एकाध गो समूह भोजपुरी से जुड़लो बा त ओहिजो लोग हिन्दी भा अंगरेजिए में आपन बात कहल लिखल पसन्द करेला. बाकिर जब रउरा नइखीं सुधरेवाला त हम काहें सुधरीं. अगर एडमिन लोगन के शिकायत होखो त हटा देव लोग हमरा के अपना ग्रुप से.

अब लवटलत बानी संपत्ति आ पूंजी का सवाल पर. पहिला नजर में संपत्ति आ पूंजी में, औकात आ बेंवत में, सामर्थ्य आ साहस में, भा अंगरेजी के वेल्थ आ कैपिटल में खास अन्तर ना लउके. बाकिर संपत्ति राउर आर्थिक हैसियत भा औकात भा सामर्थ्य भा वेल्थ बतावेला; जबकि पूंजी कवनो खास काम में लगावल संपत्ति के हिस्सा होखेला. कबो कवनो काम भा धंधा भा निवेश में आदमी आपन सगरी संपत्ति ना लगा देव. ऊ अपना संपत्ति के एगो हिस्सा ओह काम, व्यापार, भा निवेश में लगावेला आ ओही हिस्सा के ओह काम में लगावल पूंजी कहल जाला. औकात राउर अरब-खरब के हो सकेला बाकिर बिजनेस भा धंधा में भा निवेश भा वाणिकी (ट्रेडिंग) में रउरा जवन पूंजी लगाइलें तवन रउरा संपत्ति के एगो छोटहन हिस्सा भर होला आ होखहूं के चाहीं. आ संपत्ति के इहे हिस्सा राउर बेंवत भा साहस देखावेला जवन रउऱा कवनो तरह का बिजनेस में लगाइलें. पूँजी डूब सकेला, पूंजी डूबे के जोखिम उठावल जा सकेला बाकिर संपत्ति डूबे के जोखिम बेवकूफी का सिवाय कुछ ना होखे.

बिजनेस भा निवेश भा वाणिकी में रउरा हमेशा एह पर नजर राखे के चाहीं आ लोग राखबो करेला कि पूंजी सुरक्षित रहो. नफा बाद में आई, नुकसान पर काबू राखल सबले जरुरी होला. पूंजी के सुरक्षा सबले खास बात होला बिजनेस आ ट्रेडिंग में.

शेयर बाजार में आवे से पहिले, शेयर बाजार समुझे से पहिले रउरा अपना के समुझे होला. रउरा के हईं, राउऱ संपत्ति भा औकात कतना के बा, रउरा बाजार से चाहत का बानी, राउर लक्ष्य का बा वगैरह वगैरह सवालन के जबाब खोजल सबले जरुरी होला. अगर रउरा लगे आय के कवनो दोसर सुरक्षित स्रोत बा त शेयर बाजार में रउरा निवेशक का रूप में आ सकीलें. बाकिर अगर आय के कवनो नियमित स्रोत नइखे भा काम भर के आमदनी रउऱा नइखे होखत त रउरा अपना संपत्ति के एगो छोटहन हिस्सा शेयर बाजार में ट्रेडिंग करे में लगा सकीलें बशर्ते रउरा ओह पूंजी के पूरा नुकसान बरदाश्त कर सकीं. कैपिटल जाए के जोखिम लीहल जा सकेला बाकिर वेल्थ जाए के जोखिम ना.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।