एक्शन हीरो के रूप में लोकप्रिय होखत कुंवर विक्रांत

भोजपुरी फिलिमन के नया सितारा कुँवर विक्रांत एक्शन नायक के रूप में लोकप्रिय होखल जात बाड़े. दर्शक ‘‘कुरूक्षेत्र’’, ‘‘कर्त्तव्य’’ आ ‘‘गुंडईराज’’ में कुँवर विक्रांत के एक्शन देख उनकर कायल हो गइल बाड़े आ शायद एही से निर्मतो लोग विक्रांत के अब एक्शने भूमिका देत बाड़े, विक्रांत के एक्शन अवतार अब बहुते फिलिम में देखे के मिले वाला बा. विक्रांत अभय सिन्हा के ‘‘बिदेसिया’’ में जुबली स्टार निरहुआ से दू दू हाथ करीहें त ‘‘ऐलान-ए-जंग’’ में जंग के ऐलान करत लउकीहें. विक्रांत के चाहत बा कि हर तरह के भूमिका करसु, उनुकर ‘‘लागल प्यार के बुखार’’, ‘‘हमार लव स्टोरी’’, ‘‘मेहरारू बिना रतिया कैसे कटी’’ जल्दिये रिलीज होखेवाली बाड़ी सँ.

विक्रांत जल्दिये एगो अउरी एक्शन स्टार विराज भट्ट का साथे ‘‘दिल दिवाना’’ में एक्शन करत नजर आवे जात बाड़े.


(स्रोत – प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..