– टीम अंजोरिया
#भाजपा #बिहार #सम्राट-चौधरी #मुख्यमंत्री
ऊँट के चोरी निहुरे-निहुरे
first bjp cm of bihar
मथैला पढ़ि के रउरा सभे के अचरज होत होखी कि बिहार के मुख्यमंत्री पद पर भाजपा के पहिला मुख्यमंत्री सम्राट चौधरी के शपथ ग्रहण के खबर देबे वाला लेख के मथैला अइसन काहे? त हँसुआ के बिआह में खुरपी के गीत एह ले गावे के पड़त बा कि खुरपी के गीत से त सगरी मीडिया गुंजायमान बा। बाकिर खबर का पाछा के खबर अन्हारे रह गइल लागत बा। बहुत कुछ जानकारी हमरा त हईये नइखे बाकिर जवन हो रहल बा तवने के एगो नया कोण से देखे के कोशिश बा एह लेख में।
🚨 HUGE BREAKING
Samrat Choudhary elected as Bihar BJP Legislature Party Leader.
Samrat Choudhary will become Bihar CM.
=> Bihar gets its first BJP Chief Minister. HISTORIC moment for BJP 🪷 pic.twitter.com/k9PiVzv5yT
— Megh Updates 🚨™ (@MeghUpdates) April 14, 2026
सोचीं कि कई दशक के तपस्या आ एक युग से बेसी नीतीश कुमार के सहारे बिहार के राजनीति में मौजूद भाजपा के जब मौका मिलल त अपना पहिलका मुख्यमंत्री के किरिया धराई समारोह अतना साधारण ढंग से काहे भइल। ना त मोदी अइलें ना अमित शाह। अउर त अउर नीतीशो कुमार गैर हाजिर हो गइलन एह किरिया धराई समारोह में। सोचीं कि एकरा पाछा कवन कारण हो सकेला। आखिर एह ऐतिहासिक अवसर के भँजावत भाजपा एकर डुगगुगी काहे नइखे पीटत?
पहिला बेर त अइसन भइल कि अतना खास पद पर चुनाए वाला मनई का बारे में मीडिया के अटकलबाजी सही हो गइल। हर मौका पर चऊँकावे वाला भाजपा का अबकी दोसरा तरहसे चऊँकवलसि?
लेख लिखे से पहिले सोचनी कि सम्राट चौधरी का बारे में कुछ अधिकृत जानकारी बटोरीं त मिलल बिहार विधानपरिषद के वेबसाइट पर सम्राट चौधरी का बारे में ई जानकारी

व्यक्तिगत जानकारी
नाम :श्री सम्राट चौधरी
पिता का नाम :श्री शकुनी चौधरी
जन्म की तारीख :16 Nov 1968
वैवाहिक स्थिति :Married
राज्य का नाम :बिहार
उच्चतम योग्यता :डॉक्टर की उपाधि
उनुकर नाम का ह, जनम कहिया भईल, शादीशुदा हउवन कि कुँआर, कतना ले पढ़ले बाड़न वगैरह वगैरह के चरचा त जग जाहिर होखहीं के बा। बाकिर सम्राट का लगे डॉक्टर के उपाधि बा ई देख के कुछ अचरज जरुर भइल। कवना विषय के डॉक्टर, आयुर्वेदिक, होमियोपैथिक, एलोपैथिक, शिक्षा वाला डॉक्टरेट, भा मानद रुप से सार्वजनिक समारोह क के दिहल जाए वाला डॉक्टर के उपाधि।
एह सब के चरचा कइला के मकसद ई त हर्गिज नइखे कि हम सम्राट चौधरी के बिहार के मुख्यमंत्री बनला से खुश नइखीं। आ अगर नाहियो होखब त ऐ छूंछा तोके के पूछा! सम्राट चौधरी जब से भाजपा में आइल बाड़न तबसे कई मौका पर ऊ आपन उपयोगिता आ योग्यता दुनू देखा चुकल बाड़न। मौजूदा सामाजिक राजनीतिक माहौल में सम्राट से बेहतर नेता भाजपा में फिटे ना बईठिहें। बहुते लोग बिहार में भाजपा के राजनीतिक उपस्थिति में सम्राट से पोढ. बाड़न बाकिर जवन हालात बा तवना में भाजपा का लगे केहुनी पसारे के जगहा नइखे।
ऊंट के चोरी निहुरे निहुरे वाला कहावत आजु मथैला काहे बनवनी से बतावत बानी। सभे जानत बा कि भाजपा के योजना बा कि एन केन प्रकारेण बिहार में आपन दबदबा बना सके। एही ऊँट के ऊ चोरावल चाहत बिया। अगर गाजा-बाजा बजा के एकर उद्घोष करे त भाजपा के राह में कांट-कंकड़ के ढेर लाग जाई। नीतीश बाबू अतना कच्चा खिलाड़ी ना हउवन जे उनुका खिलाफ जा के भाजपा कुछ कर सको। हिन्दूत्व के राजनीति कइला का बावजूद भाजपा भा कवनो राजनीतिक गोल जाति समीकरण के अनदेखी ना कर सके। सवर्ण का माथा टीका लगाई त पिछड़ा आ अतिपिछड़न के उकसावे ला सगरी विरोधी लाग जइहें। वइसे विरोध करे वाला त इहो कह सकेलें कि कवनो महिला के, कवनो अनुसूचित जाति भा जनजाति वाला के ई मौका दिहल चाहत रहुवे। हर आदमी अपना हिसाब से एकर गणना करे लागी। बाकिर लमहर छलांग लगावे खातिर एक बेर निहुर के कूदे पड़ेला। शायद भाजपो एही चलते एह असाधारण मौका के बहुते साधारण भाव से निपटा दिहलसि।
कहे खातिर संसद में विवादित सत्र, बंगाल के चुनाव वगैरह कई तरह के बात उठ सकेला। नबीन कुमार के भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष बनावल गइल त कुछ लोग इहो कहल कि भाजपा बंगाल चुनाव में आपन गोटी बइठावे ला ई काम कइलसि। पता ना कवना आधार पर लोग कहल कि बंगाल के भद्रलोक में नबीन कुमार के जाति पर खुशी होखी। सम्राट के मुख्यमंत्री बनवलो ला लोग कह सकेला कि एही बहाने बंगाल के पिछड़ा आ अतिपिछड़ा के साधे के कोशिश कइल गइल बा।
बेफजूल के बहुते बात कहल जा सकेला बाकिर ई सवाल तबहियों खड़ा रही कि – ऊंट के चोरी निहुरे-निहुरे हो पाई का ?

0 Comments