पहिले जान जाई कि नागरिकता
- टीम अंजोरिया

पहिले जान जाई कि नागरिकता

citizenship or life

इलाहाबाद उच्च न्यायालय के लखनऊ बेंच से काल्हु आइल आदेश – कि पुलिस राहुल गाँधी का खिल‌‌ाफ प्राथमिकी दर्ज कर के उनुका ब्रिटिश नागरिकता के विवाद के जाँच करे – का बाद से सगरो हलचल मच गइल बा। विघ्नेश शिशिर गोहार लगावत बाड़न कि केन्द्र सरकार उनुका जान के सुरक्षा करो। विघ्नेश के डर बा कि जवना तरह से उनुका के धमकावल जा रहल बा तवना के परिणति उनुकर हत्या से हो सकेला।

अपना एह ट्विट में विघ्नेश लिखले बाड़न कि –

ऊ एह मामिला के (राहुल गाँधी के दोहरी नागरिकता वाला ) पैरवी पूरा हिम्मत, समर्पण, आ लगन का साथ कर रहल बाड़न। अपना के सौ फीसदी साफ दिल होखे के दावा करत विघ्नेश लिखले बाड़न कि ऊ सगरी भारतीयन का तरफ से राष्ट्रीय सुरक्षा से जुड़ल ई मामला लड़ रहल बाड़न। लिखले बाड़न कि 17 अप्रैल 26 का साँझ पाँच बजे से 18 अप्रैल 26 के सबेरे ले बहुत कुछ हो गइल बा। उनुकर इशारा बा कि एह विवाद के लेके बड़हन खेल हो जाए के अनेसा बन गइल बा। लिखले बाड़न कि अगर उनुकर जानकारी पुख्ता निकलल, जइसन कि हमेशा से निकलत आइल बा, त एह बात के खुलासा जल्दिए हो जाई। उनुका लागत बा कि बड़ पैमाना पर लेन-देन हो रहल बा एह मामिला के दबावे आ दोसरा दिसाईं घुमावे के साजिश हो रहल बा। आम नागरिकन से गोहार लगावत विघ्नेश के कहना बा कि सभे मिल के आवाज उठावे आ उनुकर साथ देव। सर्वोच्च न्यायालय के मुख्य न्यायाधीश ले ई बाति चहुँपावल जाव कि बहुते बड़ खेला हो रहल बा।

विघ्नेश के भयंकर अनेसा बा कि उनुकर जान कबहियों लिहल जा सकेला आ केन्द्र सरकार उनुका के पर्याप्त सुरक्षा नइखे देत। पूरा ट्वीट रउरा सभे का सोझा बा –

विघ्नेश अपना अनेसा से सुरक्षा खातिर मुकदमा के आखिरी स्थिति के ट्वीट पर जगजाहिर क दिहले बाड़न। आ लिखले बाड़न कि अगर मुकदमा के आखिरी स्थिति में कवनो तरह के फेर बदल कइल गइल त ऊ सगरी खुलासा कर दिहें।
इहो ट्वीट एहिजा सााझा क दिहल गइल बा –

इहे सब कुछ देखत-पढ़त हमरो मन में सवाल उठत बा कि राहुल गाँधी के भारत वाला नागरिकता पहिले जाई कि विघ्नेश के जान ? ई सवाल अउर बड़हन हो जात बा ई सोच के आखिर कवना चलते केन्द्र के मोदी सरकार आ अमित शाह का अधीन चले वाला गृह मंत्रालय राहुल के नागरिकता का बारे में खुल के काहे नईखे कहत? अगर राहुल का लगे कवनो दोसरा देश के नागरिकता नइखे त इहे कहऽ देव छाती ठोक के! आ अगर बावे त हिम्मत कर के सही बात सभका सोझा ले आवे।

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..