किरण यादव के ‘जय पंडित’

kiran-yadavसिनेमा भोजपुरी में निरुपा रॉय मानल जाए वाली अभिनेत्री किरण यादव एह घरी बिहार के मधुबनी में अपना फिलिम ‘जय पंडित’ के शूटिंग करत बाड़ी. भोजपुरी फिलिमन में किरण यादव सुपर हिट महतारी मानल जाली. आ जइसे निरुपा रॉय के हर फिलिम हिट हो जात रहल ओही तरह किरण यादवो के हर फिलिम हिट होखेले.

‘निरहुआ रिक्शावाला’, ‘रिक्शावाला आई लव यू’ अउर ‘धड़केला तोहरे नावे करेजबवा’ एकरे साफ उदाहरण बाड़ी स. बनारस के रहे वाली किरण यादव भोजपुरीए में ना हिंदीओ फिलिमन में कामयाबी बरसवले बाड़ी जवनन में ‘गैंग ऑफ वासेपुर’ खास बा. किरण यादव के आवेवाली फिलिमन में ‘दूध का कर्ज’, ‘लहू के दो रंग’, ‘बगावत एक आग’, ‘सईयां अरब गईले ना’ बाड़ी स.


(ब्रेकिंग मैक्स मीडिया)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *