‘गंगा जमुना सरस्वती’ मुंबई में रिलीज

ganga-jamuna-saraswatiढेर दिन से जेकरा ला तिकवत रहल जमाना ऊ भोजपुरी फिलिम ‘गंगा जमुना सरस्वती’ मुंबई में 22 मार्च के रिलीज हो गइल आ अब अगिला हफ्ता 27 मार्च के बिहार में रिलीज होखे वाला बा.

सबसे सफल भोजपुरी फिलिम निर्माता आलोक कुमार के एह फिलिम में सिनेमा भोजपुरी के तीन गो बड़का सुपर स्टार, रवि किशन, मनोज तिवारी आ दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’, एक साथे नजर अइहें. संयोगिता फिल्मस के बैनर तले बनल एह फिलिम में रानी चटर्जी के रविकिशन संगे, रिंकू घोष के मनोज तिवारी संगे आ पाखी हेगड़े के निरहुआ संगे जोड़ी लगावल गइल बा.

एह फिलिम के कथा-पटकथा लेखन आ निर्देशन हैरी फर्नाडिज कइले बाड़न. मनोज तिवारी एस. पी. का भूमिका में आ रविकिशन अउर निरहुआ कैदी का किरदार में बाड़ें. साथी कलाकारन में अनुप अरोड़ा, माया यादव, संतोष श्रीवास्तव, विजय कृष्ण चतुर्वेदी, ब्रजेश सिंह आ टीनू वर्मा के खास भूमिका बा त सीमा सिंह अउर तस्लीम के दिलकश आईटम गीत बा एहमें. गीतकार प्यारेलाल यादव, एस. कुमार अउर श्याम देहाती, आ संगीतकार राजेश रजनीश हउवें.

एहमें सिनेमा भोजुपरी के अबले के सबले खतरनाक एक्शन स्टंट देखे के मिली. पहिला बेर एहमें हेलीकाप्टर स्टंट डालल बा. स्पेशल इफेक्टस आ वी. एफ. एक्स. के प्रयोगो भइल बा एह फिलिम में.

शशिकांत सिंह जोड़ले बाड़न कि मनोज तिवारी आ रिंकू घोष के सगरी फिलिम दर्शक खूबे पसंद करेलें. जइसे कि ‘दरोगा बाबू आई लव यू’, ‘सौगंध’, ‘भईया हमार दयावान’ आ ‘अंधा कानून’ में देखे के मिलल रहे. अब एह फिलिम ‘गंगा जमुना सरस्वती’ में मनोज तिवारी आ रिंकू घोष पांचवा हाली एक संगे नजर आवे वाला बाड़ें.


(प्रशांत निशांत आ शशिकांत सिहं के अलग अलग रपट से)

0 Comments