पंकज केसरी – रीतिका शर्मा जोड़ी "आग" के आन्ही बहाई

भोजपुरी स्टार पंकज केसरी आ नया तारिका रीतिका शर्मा भोजपुरी परदा पर ‘‘आग – एगो आँधी’’ ले के आवत बाड़े, डी. जे. मूवी इंटरटेनमेंट के बैनर तले बनत एह फिल्म में राजनीति के भठियरपन देखावल गइल बा. देखावल गइल बा कि कवना तरह राजनेता अपना फायदा खातिर बेरोजगारन के गलत राह पर चला देलें.

फिल्म के निर्देशक रामाशंकर, निर्माता दीपक जैन, संगीतकार सिद्धार्थ- शालिनी, अउरी गीतकार अशोक सिन्हा, राकेश सिंह आ अरविंद तिवारी हउवें. फिल्म में खतरनाक एक्शन फिल्मवले बाड़न हीरा यादव. कलाकारन में पंकज केसरी, रीतिका शर्मा, जय यादव, अनारा गुप्ता, उदय श्रीवास्तव, विपिन सिंह, अनुशा, सोनू सिंह आ हीरा यादव के प्रमुख भूमिका बा. आईटम सांग कशिश कइले बाड़ी.


(स्रोत – प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..