पवन सिंह आ विक्रांत के गुण्डई २६ जनवरी से देखे के मिली

भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार पवन सिंह आ नयका स्टार विक्रांत के “गुण्डई राज” अगिला २६ जनवरी से बिहार का सिनेमाघरन में देखावल जाई. पवन सिंह आ विक्रांत के जोड़ी “कुरुक्षेत्र” में बहुते सराहल गइल रहे. कुछ लोग एह जोड़ी के तुलना अमिताभ बच्चन के विनोद खन्ना का साथ, भा अक्षय कुमार के सुनील शेट्टी के साथ वाली जोड़ी से कइल. मिथिला टाकीज का बैनर में मनोज चौधरी के बनावल आ रविभूषण के निर्देशन आ कहानी पर बनल फिल्म “गुण्डईराज” में पवन सिंह आ विक्रांत के जोड़ी फेर देखे के मिले वाला बा. एहमें पवन के भूमिका हालात का मजबूरी से बनल एगो अपराधी के बा. विक्रांत एह फिल्म में पुलिस इन्सपेक्टर का किरदार में बाड़न. एह दुनु सितारा के एक से बढ़ के एक एक्शन दृश्य दर्शक
एह फिल्म में देखीहें. साथी कलाकारन में मोनालिसा, श्रीकंकणी, रीना रानी, दिलीप सिन्हा, आनन्द मोहन, अनिल यादव, आ हास्य सम्राट मनोज टायगर के भूमिका बा.
(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..