फिजियोथेरापी कॉलेज में नाम लिखवावे से पहिले समुझबूझ लीं

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय सभके चेतवले बा कि पैसेफिक कालेज आफ फिजियोथेरेपी में दाखिला पर रोक लगा दिहल गइल बा. आ एकरा बावजूद ओहिजा दाखिला शुरू होखत बा त लोग सबकुछ जान समुझ लेव. बाद में विश्वविद्यालय के कवनो जवाबदेही ना होखी. पिछला दिने कालेज अखबार में विज्ञापन देके दाखिला प्रक्रिया शुरू होखे जानकारी दिहले बिया जवना से चउँकल विश्वविद्यालय एह तरह के चेतावनी जारी कइले बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..