बबन यादव ले आवत बाड़ें ‘सबसे बड़ा मुजरिम’

BabbanYadavबिहार राजद के लोकप्रिय नेता बबन यादव अब भोजपुरी फिलिम में अभिनय करत लउकीहें. माँ सोभारिया फिल्मस् के बैनर तले बनल फिलिम ‘सबसे बड़ा मुजरिम’ से बबन यादव भोजपुरी परदा पर इंट्री मारत बाड़ें. फिलिम में बबन के किरदार एगो भठियारा विधायक के बा. बबन एह फिलिम में ‘आशिकी’ फेम राहुल रॉय संगे दू-दू हाथ कइले बाड़न. साथही बबन यादव अभिनेत्री राखी त्रिपाठी का संगे ठुमका लगावतो नजर अइहें. फिलिम में राहुल राय, योगेन्द्र तिवारी, आनंद ओझा, राखी त्रिपाठी, काजल रघानी, लवी रोहतगी, दीप श्रेष्ठ आ बबन यादव के खास भूमिका बा.

लेखक-निर्देशक धीरज कुमार हउवें. फिलिम के पूरा शूटिंग पटना में भइल बा. निर्माता खुद बबन यादव हउवें. फिलिम एही महीना रिलीज होखे वाली बा.


(प्रशांत-निशांत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *