बीच चुनाव जदयू के झटका देत भीम सिंह भाजपा में शामिल

बिहार के मंत्री रहल आ जदयू के विधानपार्षद भीम सिंह आजु शुक का दिने अपना समर्थकन संगे भाजपा में शामिल हो गइलें. एहसे पहिले ऊ विधान परिषद के सदस्यता आ जदयू के सगरी पद से इस्तीफा दे दिहलन. भीम सिंह के भाजपा कार्यालय में प्रदेश अध्यक्ष मंगल पांडेय आ सुशील मोदी सदस्यता दिअवलें. भीम सिंह नीतीश कुमार के सरकार में ग्रामीण कार्य विभाग के मंत्री रहलन पहिले.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..