बीस के दम देखावत संजय पांडे

SanjayPandey33सिनेमा भोजपुरी के अव्वल खलनायक संजय पांडे के एह छमाही मे नाहियो त बीस गो फिलिम बाड़ी सँ जवनन के या त शूटिंग चलत बा, भा बनके रिलीज ला तइयार बाड़ी सँ. ‘प्रेम दिवानी’, ‘सपूत’, आ ‘कोठा’ एही महीना रिलीज होखे वाली बाड़ी सँ.

मोतिहारी में शूट भइल ‘कसम वर्दी के’ फिलिम के डबिंग करत बाड़ें जबकि ‘दिलदार सांवरिया’, ‘रंग दे प्यार के रंग में’, ‘बिहारी रिक्शावाला’, ‘देश परदेश’, ‘रिहाई’, ‘सईंया अरब गईले ना’, ‘यादव पान भंडार’, ‘मजनू मोटर वाला’, आ ‘विराज तड़ीपार’ प्रदर्शन ला तइयार बाड़ी सं भा कुछेक के शूटिंग चलत बा. एकरा अलावा संजय पांडे हाल ही में कई गो फिलिम साईन कइले बाड़न जवना मे ‘घुस के मारब’, ‘नरकटिया गंज’, ‘राजा जी आई लव यू’, ‘खून के बदला खून’, अउर ‘कर्जा माटी के’ खास बाड़ी स.

सिनेमा भोजपुरी में आपन अलग पहचान बना चुकल संजय पांडे के काम आ बेवहार दुनु अतना बढ़िया होला कि हर निर्माता निर्देशक उनुका के दोहरावल तिहरावल चाहेला.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *