महाचन्द्र सिंह कांग्रेस से इस्तीफा दिहले

सारण स्नातक सीट से विधानपरिषद सदस्य रहल महाचन्द्र प्रसाद सिंह काल्हु कांग्रेस से इस्तीफा देत कहलन कि पार्टी नेतृत्व आपन विश्ववसनीयता गँवा दिहले बा आ पार्टी में समर्पित नेता कार्यकर्ता के लगातार अनदेखी हो रहल बा जवना चलते अब अइसन पार्टी मे रहला के कवनो मतलब नइखे. जवाब में कांग्रेस के प्रदेश अध्यक्ष महबुब अली कैसर कहले बाड़न कि जब महाचन्द्र सिंह के विधानपरिषद के टिकट ना दिहल गइल त ऊ इस्तीफा दे दिहले. एहसे पहिले ऊ लोकसभा आ विधानसभा के लगातार कई गो चुनाव हार चुकल बाड़न. पार्टी के नेता लोग के कहना बा कि अइसन नेता के रहला भा गइला से पार्टी पर कवनो असर नइखे पड़े वाला.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।