मोटरसाइकिल आ जीप के टक्कर में दू जने के मौत

(प्रतीक फोटो)


सिवान 17 मार्च (वार्ता). सिवान जिला के सराय आउट पोस्ट इलाका में मोटरसाइकिल आ जीप के आमने-सामने के टक्कर में दू जने के मौत हो गइल.

बतावल जात बा कि सिवान-वसंतपुर मुख्य मार्ग पर सराय आउट पोस्ट के पपौर गांव का लगे शुक के देर राति एगो मोटरसाइकिल के टक्कर सामने से आवत जीप से हो गइल. एह हादसा में मोटरसाइकिल सवार दू जने के मौत ओहिजे ठाँवे पर हो गइल.

हादसा का बाद जीप चालक वाहन समेत मौका से भाग निकलल. जानकारी मिलला का बाद पुलिस चहुंपल आ लाश बरामद क के पोस्टमार्टम ला भेज दिहलसि,

मरे वालन के पहचान जी बी नगर इलाका के गरीबगंज के रहे वाला जिसु यादव (20) आ निजामपुर के रहे नाला सिकंदर सिंह (45) के रूप में भइल बा. ॉ

0 Comments

Submit a Comment