यूपी के एमबीए सीट कैट से भरल जाई

उत्तरप्रदेश के गौतम बुद्ध आ महामाया प्राविधिक विश्वविद्यालयन के कॉलेजन में एमबीए सीट पर दाखिला खातिर बीस फीसदी सीट कैट आ मैट परीक्षा में सफल छात्रन से भरल जाई. एह कारण अब प्रदेश के बाहरो के विद्यार्थी एह कालेजन में प्रवेश ले सकीहें. पैंसठ फीसदी सीट राज्य प्रवेश परीक्षा से आ पन्द्रह फीसदी सीट मैनेजमेंट कोटा से भरल जाई. पिछला साल ले राज्य प्रवेश परीक्षा का आधार पर पचासी फीसदी सीट भरल जात रहुवे.

0 Comments