यू ट्यूब आ फेसबुक पर हैदर काजमी के ‘कालिया’ क हंगामा

अपना फिल्म रंगबाज से चरचा में आइल हैदर काजमी के नयकी फिलिम ‘कालिया’ एह घरी भोजपुरी वर्ल्ड में हॉट केक बनल बिया. एह फिल्म के अबही ले तीन गो लुक जारी हो चुकल बा आ तीनों अपना आप में लाजवाब बाड़ी सँ. पहिला प्रोमो ऑन एयर भइल त इंटरनेट, यू ट्यूब आ फेसबुक पर हैदर काजमी के ढेरहन बधाई मिले लागल बा. कुछ लोग त विदेशो से आपन बधाई भेजत बा. कालिया के संगीत नरजिस म्यूजिक पर जारी भइल बा आ गाना सब जम के हिट भइल बाड़ी सँ.

कालिया फिल्म के शूटिंग जहानाबाद में कइल गइल आ एहमें हैदर काजमी के नायिका बनल बाड़ी अक्षरा सिंह. एकरो निर्देशक शिवरामे यादव बाड़ें जिनकर निर्देशित ‘रंगबाज’ सफलता के रिकार्ड बनवले रहुवे. अनिल यादव आ बालेश्वर सिंह एह फिलिम के मुख्य खलनायक बाड़ें. कहानी खुद शिवराम यादव के लिखल आ निर्माण कंपनी एस.सी. डिजिटल प्रा. लि. हवे.

‘कालिया’ के कलाकारन में हैदर काज़मी, अक्षरा सिंह, सी.पी. भट्ट, राकेश यादव, सुमित बनर्जी, पूजा यादव, कृष्ण मुरारी, शैलेश सिंह राणा, सुषमा सिन्हा, निलोफर, राम मिश्रा, अलीशा, विपिन सिंह, बालेश्वर सिंह आ अनिल यादव शामिल बाड़ें.

संवाद मनोज पांडे के लिखल आ गीत अरविंद तिवारी के लिखल, संगीत से सजवले बाड़न एग्नेश, कैमरासंचालन मनीष के. जैन के रहल, को-प्रोड्यूसर हउवें मुशर्रफ अहमद, एसोसिएट प्रोड्यूसर ए.एच. काजमी, ध्वनिमुद्रण सलीम खान कइले बाड़न, आ कला निर्देशन आशीष कोलटे.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..