शुभी शर्मा क लगे फिलिमन के कतार

subhi-sharma-whiteसिनेमा भोजपुरी के चर्चित अदाकारा शुभी शर्मा का लगे एह घरी फिलिमन के लमहर कतार लागल बा, एहमें प्रवेश लाल यादव स्टारर ‘टाईगर’, पवन सिंह स्टारर ‘वीर बलवान’ आ ‘बनारस वाली’ पोस्ट प्रोडक्शन के आखिरी चरण में बा. दू गो फिलिम के शूटिंग गुजरात के लोकेशनन पर कइल जा रहल बा. एह में निर्माता सूर्या आ निर्देशक बाली के फिलिम ‘चरणों की सौंगन्ध’ आ निर्माता अनिल सिंकर के फिलिम ‘हम हैं जोशिले’ शामिल बा. दुनु फिलिमन के नायक खेसारीलाल यादवे बाड़न. एकरे अलावे शुभी शर्मा निर्माता अभय सिन्हा के एगो अउर फिलिम करत बाड़ी जवना के नाम अबहीं नइखे रखाइल.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *