‘शेरनी’ रानी के जलवा सगरी बिहार में

Sherni-Raniभोजपुरी के सुपरस्टारनी रानी चटर्जी के जलवा सगरी बिहार में देखे के मिलत बा जहाँ रानी चटर्जी के हालिया रिलीझ फिलिम ‘शेरनी’ पूरा दमखम से शानदार व्यवसाय करत बिया . एह फिलिम के प्रमोशन ला जब रानी चटर्जी सिनेमाघरन में पहुँचली त उनुका के देखे ला दर्शकन के हुजुम उमड़ पड़ल. सगरो उनकर शानदार स्वागत भइल.

नारी प्रधान आ एक्शन फिलिम कइला का चलते औरतन आ नवहियन के पसंदीदा रानी चटर्जी के ‘शेरनी’’ कई शहर में तीसरका हफ्ता में आ गइल बिया आ बाजार के नब्ज थामे वाला लोग बतावत बा कि दोसरा बड़का नायकन के हालिया रिलीज फिलिमन से बढ़िया बिजनेस एह फिलिम “शेरनी” के रहल बा.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..