हर रोल में फिट विक्रांत

फिलिमन में अक्सरहाँ सुने के मिलेला कि फलां हीरो रोमांटिक लागेला, फलनवा एक्शन करे में माहिर हउवें, चिलनवा निगेटिव रोल बढ़िया करेला, वगैरह वगैरह. बाकिर विक्रांत सिंह एगो अइसन हीरो हउवन जिनका के कवनो रोल में फिट कइल जा सकेला. अब चाहे ऊ “दुल्हा अलबेला” के रोमांटिक हीरो होखो भा मुन्ना बजरंगी के एक्शन हीरो, भा कुरुक्षेत्र के बागी तेवर बाला, भा गुण्डई राज के हैंडसम इंसपेक्टर होखो, विक्रांत हर रोल में फिट साबित भइल बाड़न. अब श्रीमती चन्द्रावती प्रोडक्शन्स के बैनर में आ जगदीश शर्मा के निर्देशन में बनल फिल्म “कर्तव्य” में विक्रांत एगो निगेटिव किरदार में बाड़न. एह फिल्म में विक्रांत के अदाकारी देखे वाला सभे इहे कहत बा कि हर रोल में फिट बाड़न विक्रांत.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।