‘‘अंखियां जब से लड़ल’’-संगीतमय रोमांटिक फिल्म है

AnkhiyaJabseLadal-Priya-Sanjeevहैवन इंटरटेनमेंट के बैनर तले बनत भोजपुरी फिलिम ‘अंखियां जब से लड़ल’ के पोस्ट प्रोडक्शन आजुकाल्हु मुंबई के आई फोकस स्टूडियो में जोर शोर से होखत बा. निर्माता हउवे राधे श्याम भगत आ पुनीता देवी. लेखक-निर्देशक अमिताभ कुमार, संगीतकार करन वाही, गीतकार अमिताभ कुमार, कोरियोग्राफर महेश आचार्या अउर विशाल आ कैमरामैन जान बगोड़िया हउवे.
प्रमुख कलाकारन में संजीव (डब्लू), प्रिया शर्मा, बिपिन सिंह, आशुतोष तिवारी, सुशील सिंह ‘शम्मी’, नितेश सिन्हा, सोनम तिवारी, अभिलाषा, पवन कुमार, धर्मेन्द्र त्रिपाठी, अनिल नयनन वगैरह बाड़े.
एह फिलिम के लेखक-निर्देशक अमिताभ कुमार के कहना बा कि ई पूरा तरह से संगीतमय रोमांटिक फिलिम ह जवना में एक्शन आ कॉमेडीओ फेंटल गइल बा. म्यूजिक एलबम के दुनिया में तहलका मचा चुकल अमिताभ कुमार के बतौर निर्देशक पहिला फिलिम ह ‘अंखियां जब से लड़ल’.


(समरजीत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..