चुलबुल तिवारी का किरदार में सुदेश कौल
-

SudeshKaulचुलबुल पाण्डे एगो ब्राण्ड नेम बन गइल बा. एह नाम के एह घरी भोजपुरी सिनेमा में खूबे भँजावल जात बा. जबसे सलमान खान दबंग में चुलबुल पाण्डे बनके आइल बाड़े तबसे भोजपुरी सिनेमा में एह पेटेंट नाम के भरमार हो गइल बा. एही कड़ी के आगे बढ़ावत हम चुलबुल तिवारी के जिक्र करत बानी.
चुलबुल तिवारी के किरदार रउरा दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ स्टारर फिलिम ‘दूल्हे राजा’ में देखब जवन जल्दिए रिलीज होखे वाली बा. एहमें सुदेश कौल चुलबुल तिवारी के किरदार में नज़र अइहें आ इहो चुलबुल एगो पुलिस इन्स्पेक्टर ह.
बॉलीवुड में एह घरी सुदेश कौल के नाम तेज़ी से उभरल बा, चाहे बंगला फिलिम होखे, हिन्दी के होखे भा भोजपुरी के, हर जगह ऊ छा गइल बाड़े. सुदेश आपन बतौर अभिनेता करियर मिथुन चक्रवर्ती के संगे बंगला फिलिम ‘सत्यमेव जयते’ से कइले रहले. एह फिलिम ला सुदेश के खूब सराहल गइल रहे. एकरा बाद त सुदेश बंगला फिलिमन में छा गइले. बंगला फिलिमन का साथही सुदेश कौल भोजपुरी में ‘हम बाहुबली’, ‘धर्मात्मा’, ‘लावारिस’, ‘खटाईलाल मिठाईलाल’ आ हिंदी में ‘ट्रम्प कार्ड’, ‘बीहड़’, ‘ले गया सद्दाम’ जइसन फिलिमन में अभिनय कइले.
आजु काल्हु सुदेश के.सी. बोकाडिया के हिन्दी फिल्म ‘डर्टी पॉलिटिक्स’ आ सुभाष घई के फिलिम ‘कांची’ का शूटिंग में बाझल बाड़े.


(समरजीत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts