अंजना सिंह कइली एगारह महीना में एगारह फिलिम

मात्र एगारहे महीना में सिनेमा भोजपुरी जगत में आपन मुकम्मल जगहा पा लेबे में कामयाब रहल आ सिनेमा भोजपुरी के हॉटकेक बन गइल अंजना सिहं का नामे एगो रिकार्ड बने वाला बा.

लखनऊ के ई शहजादी एगारहे महीना का छोटहन अवधि में एगारह गो फिलिम कर के अपना अभिनय के जादू त चलइबे कइले बाड़ी, साथ ही सिनेमा भोजपुरी के सगरी बड़का सितारन का साथे काम करे के मौका ले चुकल बाड़ी. शूरूआत रविकिशन का साथे फौलाद से कइली, ओकरा बाद पवन सिंह का साथे ट्रक ड्राइवर आ लावारिस, रविकिशन आ मनोज पाण्डेय का साथे कईसन पियवा के चरित्तर बा, निरहुआ का साथे एक बिहारी सौ पे भारी आ वर्दी वाला गुंडा, खेसारी लाल का साथे दिल ले गइल ओढनिया वाली आ देवरा पे मनवा डोले, विराज भट्ट का साथे कर्जा माटी के, लाल दुपट्टा वाली आ एगो अउरी फिलिम जवना के नाम नइखे रखाइल.

एह में से फौलाद, ट्रक ड्राइवर आ कईसन पियवा के चरित्तर बा रिलीज़ होके बॉक्स ऑफिस पर धूम मचा चुकल बाड़ी सँ, लावारिस, एक बिहारी सौ पे भारी, दिल ले गिल ओढनिया वाली, आ देवरा पे मनवा डोले के शूटिंग पूरा हो गइळ बा. वर्दी वाला गुंडा के शूटिंग चालू बा.

अंजना सिंह के एह सफलता का पीछे उनुकर लगन आ डाउन टु अर्थ वाली इमेज बतावल जात बा.


(उदय भगत के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।