महुआ टीवी पर ‘‘शुभ गृहलक्ष्मी’’
-

भोजपुरी के अकेला मनोरंजक टीवी चैनल ‘महुआ’ पर खास तौर से मेहरारूवन खातिर बनावल एगो अनोखा अंदाज वाल रियलिटी गेम शो ‘‘शुभ गृहलक्ष्मी’’ के प्रसारण 12 मार्च से शुरू हो गइल बा. एह शो के सोमार से बियफे ले साँज सात बजे से देखावल जात बा. पूरा पूरी गृहलक्ष्मियन खातिर बनावल एह शो मे मेहरारूवन के जिनिगी के यादगार पल त देखावले जात बा, साथही ओह लोग के पसन्द आ नापसन्दो के चरचा होखत बा. एकरा अलावे खेलो करावल जात बा.

शो के एकर हउवें महुआ टीवी के भौजी नं॰ 1 के दुलरआ देवर प्रियेश सिन्हा. एह शो खातिर प्रियेश शहरे शहर जा के गृहिणियन से भेट करीहें आ विजयी गृहिणी के ‘‘शुभ गृहलक्ष्मी’’ के ताज पहिनइहें. एह शो के तीन हिस्सा में बाँटल गल बा.

शो के निर्माता हवे महुआ मीडिया प्रा॰लि॰.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts