अक्षरा सिंह विलेन बन गइली

AkshraaSingh-balconyसोचे वाली बाति बा कि आखिर काहे एगो हीरोइन विलेन के चोला पहिल लिहली ? कई एक हिट फिलिम दिहला का बाद अब अक्षरा सिंह विलेन बन गइल बाड़ी. बाकिर ई उनका अभिनय कुशलता के प्रमाण ह कि विलेन के किरदार चुन के कुछ नया करे के पहल कइले बाड़ी. भोजपुरी के नंबर वन हीरोइन अक्षरा सिंह अपना माता नीलिमा सिंह आ पिता बिपिने सिंह का तरह विलेनो के किरदार करे के मन बना लिहली. एह कुशल अभिनेत्री के चुनिन्दा किरदार उनकर अभिनय कुशलता देखाई आ उनका के एगो मजगर कलाकार का रुप मे स्थापित कर देखाई. अक्षरा सिंह के ई किरदार देखे के मिली फिलिम “धरती के लाल” में जवना के हीरो रहीहें पवन सिंह आ निर्देशक कुमार विकल.

अक्षरा सिंह आजुकाल्हु महुआ टीवी पर एगो बहुते पापुलर शो “जिला टॉप” के एंकरिंग करत बाड़ी. एह शो के ऊ अपना कुशल अभिनय से सजा सवांर दिहले बाड़ी. एगो फिलिम अउर पवन सिंह का संगे करत बाड़ी “ठोक देब” जवना के शूटिंग चलत बा आ निर्देशक बाड़ें अजय कुमार. खेसारीलाल यादव संगे “ये बलमा बिहार वाला” १५ अगस्त के रिलीज होखे वाला बा.

विलेन बनला के सवाल पर अक्षरा सिंह के कहना बा कि,”अलग अलग किरदार कलाकार के कौशल देखावेला. आ फेर हम त दर्शकन के प्यारे का बदौलत बानी. ओह लोग का प्यार में हम जवन ना बन जाईं. बस दर्शक हमरा के देखत रहसु आ आशीर्वाद देत रहसु.”


(भोजवुड न्यूज)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।