दिल दीहें सीमा सिंह
-

SeemaSingh-wheelभोजपुरी डांसिंग क्वीन सीमा सिंह अनेके लोग के दिल जीतले बाड़ी बाकिर आजुकाल्हु परेशान बाड़ी अपना दिल से. अब खबर बा कि सीमा सिंह से केहू उनकर दिल माँगत बा. बेसी अचकचइला के जरुरत नइखे. असल में सीमा सिंह एगो फिलिम साईन कइले बाड़ी जवना के नाँव ह ‘सईंया जी दिलवा मांगे ले’. अब जब एह फिलिम के शूटिंग करत सीमा सिंह के जेही देखल इहे कहल कि सीमा सिंह के जवाब नइखे.

एह फिलिम के निर्माता निर्देशक हउवें राजकुमार पांडे. भोजपुरी खलनायक नंबर वन संजयो पांडे एह फिलिम में आपन जलवा देखावत नजर अइहें. आ सीमा सिंह त आयटम नम्बर करबे करीहें एगो मजगर किरदारो में नजर अइहें.


(शशिकांत सिंह,रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts