अगिला पंचायती चुनाव दलीय आधार पर ना करावल जाई

नीतीश कुमार कहले कि उनकर त मन रहुवे कि दलीय आधार पर चुनाव करावल जाव बाकिर एकर तइयारी करे के समय नइखे बाचल. एहसे अगिला पंचायत चुनाव बिना दल के नाम लिहले करावल जाई. हँ ओकरा बाद वाला चुनाव के दलीय आधार पर करावे खातिर सभकरा से बातचीत होखी आ कोशिश रही कि सभकर राय होखे त ओइसन करावल जाव. नया साल के कैलेण्डर जारी करत मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलन कि कास्ट, क्राइम, करप्शन का खिलाफ अउरी मजगर लड़ाई होखी आ तीनो के बिहार से बिदाई करा देबे के पूरा प्रयास रही.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।