बघौनी के एगो लड़िका के गोली मार के हत्या
-

शनिचर का दिने हरि सिंह नाम के एगो बदनाम अपराधी माँझी थाना के बघौनी गाँव के मुक्तिनाथ सिंह के एकलौता बेटा अभिमन्यु के महाराजगंज थाना क्षेत्र में गोली मार के हत्या कर दिहलसि. हरि सिंह अबही हालही में जेल से सजा काट के निकलल बा. अभिमन्यु अपना ममहर में रह के पढ़ाई करत रहुवे आ महाराजगंज के कर्मदेव हाई स्कूल में आठवां क्लास के छात्र रहुवे. पुलिस हरि सिंह के पकड़े के कोशिश करत बिया बाकिर ऊ फरार हो गइल बा. हत्या के कारण अबही पता नइखे चलल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts