अजय दीक्षित का लगे फिल्मन के कतार

बेटवा बाहुबली का नाम से मशहूर आ भोजपुरी सिनेमा के यंग एण्ड डायनामिक स्टार अजय दीक्षित का लगे आजुकाल्ह नया फिल्मन के लाइन लाग गइल बा. हालही मिलल छह गो नया प्रोजेक्ट में उनका के लीड रोल दिहल गइल बा.

छहो प्रोजेक्टन में अलगा अलगा किरदार करत अजय बतावत बाड़े कि हर फिल्म में उनकर शेड अलगा अलगा बा. हिन्दी फिल्मन के जानल मानल निर्देशक के आर रेड्डि का फिल्म सिकंदर में अजय के भूमिका एगो एंग्री यंग मैन के बा जवन अपना प्यार खातिर कवनो हद तक जा सकेला. निर्देशक आनन्द के अँखिया बसल तोहरी सुरतिया में हिन्दी के हिट फिल्म हम दिल दे चुके सनम में अजय देवगन के किरदार यादगार प्रेमी का तरह के किरदार बा अजय के. राष्ट्रीय पुरस्कार प्राप्त निर्देशक ब्रजभूषण का फिल्म सोलह सहर के सपन सुनहरा में अजय एगो रोमांटिक नायक का भूमिका में बाड़न. एकरा अलावे भोजपुरी के मशहूर निर्माण कंपनी आदि शक्ति एंटरटेनमेंट का दू गो फिल्मन में अजय के साइन कइल गइल बा. अबहीं एह फिल्मन के नाम नइके धराइल.

बेटवा बाहुबली फेम अजय दीक्षित के नजरिया तोहसे लागी फिल्मो बाक्स आफिस पर धमाल मचा चुकल बा.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।