नेपाली बाला संग अँखिया लड़इहें विनय आनन्द
-

भोजपुरी सिनेमा के स्टार आ गोविन्दा के भाँजा विनय आनन्द विनय दर्शना आर्ट्स का बैनर में बने जा रहल जाबाँज जिगरवाले में नेपाली अदाकारा पुजोना प्रधान का साथे आँख लड़ावत नजर अइहें. फिल्म में इंसपेक्टर के भूमिका करत विनय आनन्द आ पुजोना के जबरदस्त लव एंगल देखावल जा रहल बा एह फिल्म में. एह खूबसूरत जोड़ी पर कइ गो कमाल के गाना आ रोमांटिक दृश्य फिल्मावल गइल बा एहमें. दुनु के ठुमका आ मटकल दर्शक के रोमांचित कर दीहि.

Vinay Anand and Pujona Pradhan

दीपक अधिकारी आ लीलाधर नुपानी निर्मित एह फिल्म के निर्देशन निर्मल केसरी करत बाड़े आ विनय आनन्द आ पुजोना प्रधान का साथ खास किरदारन में विराज भट्ट, सुशील सिंह, सोनाली जोशी वगैरह बा लोग. लेखक संतोष मिश्रा आ गीत संगीत अशोक कुमार दीप के ह. फिल्म एही महीना रिलीज होखे जा रहल बिया.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts