अनंतनाग मुठभेड़ : तीन गो आतंकवादी ढेर, बाकिर एगो जवान शहीद

श्रीनगर, 22 जून (वार्ता), दक्षिण कश्मीर के अनंतनाग जिला में आजु शुक का सबेरे घेराबंदी आ तलाशी अभियान का दौरान आतंकवादियन से भइल मुठभेड़ में तीन गो आतंकवादियन के मार गिरावल गइल. एह मुठभेड़ में एगो जवानो शहीद हो गइल आ एगो नागरिको के मौत भइल बा.
पुलिस महानिदेशक डॉ एस पी वैद्य के कहना बा कि तीन गो आतंकवादियन के मरइला के खबर बा आ ओकनी के लाश बरामद करे के कोशिश हो रहल बा. हमनी का एगो जवान के गँवा दिहले बानी आ एगो नागरिके के मौत भइल बा.
डॉ वैद्य कहलन कि एह आतंकवादियन के मौजूदगी के खुफिया जानकारी मिलला का बाद सेना, जम्मू कश्मीर पुलिस के विशेष अभियान समूह (एसओजी) अउर केंद्रीय रिजर्व पुलिस बल के साझा तलाशी अभियान शुरू कइल गइल. जब इलाका के सील कइल जात रहुवे तबे ओहिजा लुकाइल आतंकवादी गोलीबारी शुरू क दिहले सँ. सुरक्षो बल जवाबी कार्रवाई कइलसि आ मुठभेड़ शुरू हो गइल.
खबर मिले का बेरा ले मुठभेड़ जारी रहुवे.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।