सिवान में एगो नवही के गोली मारके हत्या
-

(प्रतीक फोटो)


सिवान 21 जून (वार्ता). बिहार के सिवान जिला के नगर थाना इलाका में बियफे का दिने एगो नवही के गोली मारके हत्या कर दीहल गइल.
अपर पुलिस अधीक्षक कांतेश कुमार मिश्रा जानकारी दिहलें कि स्थानीय लोग से सूचना मिलला पर पुलिस लक्ष्मीपुर मुहल्ला के मोहम्मद इब्राहिम (25 बरीस) के लाश ओकरे घर से कुछ दूरी पर बनल टावर का नियरा से बरामद कइलसि. इब्राहिम के देह पर गोलियन के निशान मिलल बा. लागत बा कि ओकर हत्या आपसी रंजिश में भइल बा.
एह बारे में संबंधित थाना में प्राथमिकी दर्ज क के पुलिस छानबीन करत बिया. लाश के पोस्टमार्टम करे ला सदर अस्पताल भेजल गइल बा.
घटना का बाद से लक्ष्मीनगर में तनाव के माहौल बन गइल बा आ पुलिस हालात पर नजर रखले बिया.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts