अनारा गुप्ता माधुरी दीक्षित जइसन किरदार में

अभिनेत्री अनारा गुप्ता भोजपुरी फिल्म “राम लखन” में माधुरी दीक्षित जइसन भूमिका में नजर आवे वाली बाड़ी. इकबाल बख्श के निर्देशन में राज कुमार दायमा के बनावल एह फिल्म में अनारा गुप्ता के भूमिका के बसंती वाला लुक दिहल गइल बा. फिल्म “राम लखन” के लखन बानल बाड़े जानल पहिचानल अभिनेता सुशील सिंह जबकि राम का भूमिका में नवोदित अभिनेता सोम यादव बाड़े. अनारा गुप्ता फिल्म के कई सीन में बीड़ी पियत लउकिहें शायद कहल चाहत बाड़ी “जिगर में बड़ी आग है, बीड़ी जला ले पिया”. फिल्म में अनारा गुप्ता के मदमस्त डांसो बा. अपना “आल टाइम फेवरिट” अभिनेत्री माधुरी दीक्षित जइसन रोल पा के अनारा बहुते खुश बाड़ी. फिल्म के नागेश मिश्रा प्रस्तुत कर रहल बाड़न. गीत विनय बिहारी प्यारेलाल यादव कवि, आ संतोष पुरी के लिखल बा जबकि संगीत संयोजन आबिद जमाल के बा. नृत्य निर्देशक दिलीप मिस्त्री आ कैमरा मैन अरुप हाजरा हउवें.


(स्रोत – शशिकांत सिंह)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।