रोमांटिक फिल्म बबलू के प्रेम कहानी
-

Kartik and Kiran Rathodभोजपुरी सिनेमा में अपना तरह के नया कहानी ले के आनन्द कुमार के बनावल आ नरसिम्हा नंदी के निर्देशित फिल्म “बबलू के प्रेम कहानी” के शूटिंग पूरा हो चुकल बा आ अब पोस्ट प्रोडक्शन के काम चल रहल बा. बतावल जात बा कि फिल्म मार्च में रिलीज कर दिहल जाई. एह फिल्म में स्टार अदाकारा किरण राठौड़ एगो महिला इंजीनियर का भूमिका में बाड़ी जवना से एगो नवही लड़िका प्रेम करे लागत बा. फिल्म में चुम्बन के सजीव दृश्य मिली आ दर्शकन खातिर भरपूर मनोरंजनो के इंतजाम बा. निर्देशक नंदी के कहना बा कि फिल्म तबे सफल मानल जा सकेला जब दर्शक आपन सीट पर बइठल रहसु आ मोबाइल कॉल महटिया देसु. कहले कि फिल्म के सफलता खातिर कामेडी, रोमांस, एक्शन, आयटम सांग से बेसी जरुरी होला एगो अइसन कहानी जे दर्शकन के बान्ह लेव अपना में. फिल्म के मुख्य किरदार किरण राठौड़ आ कार्तिक कर रहल बाड़े. गीत रुपेश के लिखल, संगीत साकेत साईंराम के सजावल, आ कैमरा कल्याण सामी के चलावल बा. फिल्म के डायलाग कमल कुमार के लिखल बा.


(स्रोत – संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts