अनिल सम्राट अभिनेता बनलन

भोजपुरी सिनेमा का परदा पर निर्माता से अभिनेता बने जा रहल अनिल सम्राट फिल्म दरार में एगो रोमांटिक नायक के भूमिका कर रहल बाड़े. उनका साथ उनका नायिका का रुप में बाड़ी खूबसूरत अदाकारा सोनाली जोशी. दर्शक अनिल सम्राट के रोमांटिक अंदाज बहुते पसन्द करीहें. खास कर के युवा वर्ग के ई फिल्म आकर्षित करी.
Sonali Joshi and Anil Samrat in Daraar
दरार में अनिल सम्राट आ सोनाली जोशी पर कइ गो रोमांटिक सीन का साथे गानो फिल्मावल गइल बा. भोजपुरी सिनेमा में प्रतिज्ञा आ दे द पिरितिया उधार जइसन ब्लाक बस्टर फिल्म दे चुकल अनिल सम्राट अब दर्शकन का बीच आपन किस्मत आजमावे जा रहल बाड़े. अजीत श्रीवास्तव का निर्देशन में तइयार एह फिल्म के अधिकातर शूटिंग पूरा हो चुकल बा. आशा कइल जा रहल बा कि जल्दिये ई फिल्म सिनेमाघरन में देखावल जाई.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।