फेर शुरु भइल भउजियन के महा मुकाबला
-

महुआ टीवी पर भौजी न॰१ के दुसरका सीजन के शुरुआत हो रहल बा. भउजियन का बीचे होखे वाला एह मुकाबला के पहिला सीजन में बहुते लोकप्रियता मिलल रहे. भौजी न॰१ के दूसरका सीजन महुआ टीवी पर सोमार से बियफे ले रोज रात आठ बजे से देखावल जाई.

Judges of Bhauji no.1

भारतीय समाज के मध्यवर्गीय विवाहित मेहरारुवन खातिर समर्पित ई शो ओह लोग के प्रतिभा, कला, ज्ञान के घर के चहारदीवारी से बहरी ले आवे के काम करी. शो में भउजियन के कारय्कुशलता, निपुणता, वैवाहि सौन्दर्य, नृत्य, गायन समेत तमामा मनोरंजन के साधन मौजूद रही. कुल ६८ एपिसोड के एह शो में भउजियन के नोंक झोक अपना देवर ननद का साथे देखे के मिली. हर हफ्ता चार गो प्रतिभागी भउजाई आपस में भिड़न्त करीहें. अजय पाल सिंह के निर्देशन में तइयार एह शो में चार गो सेगमेण्ट रही, मुझे तो जानो, कौन कितना पानी में, नाचे मोरा मन, आ कितना सुर कितान ताल.

भौजी न॰१ के सीजन टू के एंकरिं पहिलही का तरह प्रियेश सिन्हा करत रहीहें, जज बनल बाड़ी विजय भारती आ अजीत आनन्द. अलग अलग सेगमेंट में कुछ सिलेब्रेटी मेहमानो नजर अइहें. मनोज तिवारी, रानी चतुर्वेदी, संगीता तिवारी, डालफिन, उर्वशी चौधरी, कृशा खण्डेलवाल, लवी रोहतगी, तृप्ति शाक्या, भरत शर्मा, इन्दू सोनाली, उपासना सिंह, विनय आनन्द, साधिका रंधावा वगैरह मेहमान का रुप में एह शो में आवत रहीहें.

शो के कार्यकारी निर्माता पंकज तिवारी आ बृजमोहन यादव बाड़े.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त )

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts