अनेर आ अपराध का खिलाफ मनोज तिवारी आ रिंकू घोष के लड़ाई

Rinku-Manoj-AuratKhilonaNahi
भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी के सक्रियता राजनीति आ फिलिमन में एके जस बढ़ल बा. उत्तर पूर्व दिल्ली से भाजपा सांसद मनोज तिवारी चुनाव परिणाम निकले से दूइए दिन पहिले चांदिवली स्टूडियो में असलम शेख निर्देशित फिलिम ‘औरत खिलौना नहीं’ के शूटिंग करत रहलन. जब हम चहुँपनी त मनोज तिवारी आ रिंकू घोष प एगो रोमांटिक गाना फिलिमावल जात रहुवे.

लमहर दिन बाद मनोज तिवारी आ असलम शेख साथे काम करत बाड़े. जबकि असलम शेख आ मनोज तिवारी के जोड़ी हिट रहल बा. एही तरह रिंकू घोष आ मनोज तिवारी के जोड़ीओ कामयाब मानल जाले.

पप्पू खन्ना के नृत्य निर्देशन में फिलिमावल जात गाना के बोल रहुवे ‘लव यू लव यू’. ब्लैक ड्रेस में सुरक्षाकर्मियन का मौजूदगी में शूटिंग करत मनोज तिवारी के लोग अगवाह बधाईओ दिहले जात रहुवे. फिलिम में मनोज तिवारी के किरदार एगो इमानदार आ कर्तव्य निष्ठ पुलिस अफसर के बा जवना के कर्तव्य निष्ठा विभाग में बेमतलब हो गइल बा बाकिर उ हार नइखन मानत. व्यवस्था में रहिए के अनेर आ अपराध का खिलाफ आपन लड़ाई जारी राखत बाड़े. अब ई तरीका कवन बा से ही फिलिम के क्लाईमेक्स बा. निर्देशक असलम शेख के लागत बा कि ई तरीका नवहियन का संगे संग पुलिसो के नीमन लागी.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।