लतखोरन के सुधरीहें सीमा सिंह
-

Khesari-Seemaलतखोर शब्द के इस्तेमाल हमेशा खल किरदार ला भा ओह आदमियन ला होला जे पिटइलो का बाद सुधरे के नाम ना लेसु. अब भोजपुरी डासिंग क्वीन सीमा सिंह एही नाँव के एगो भोजपुरी फिलिम करत बाड़ी. ‘लतखोर’ के निर्देशक हउवन अजय श्रीवास्तव आ खेसारी लाल यादव अउर मोनालिसा एह फिलिम के मुख्य जोड़ी बा लोग.

‘लतखोर’ में राउर कवन काम? पूछला प सीमा सिंह हंसे लगली आ बतवली कि लतखोरनो के त सुधारे के बा हमरा. बतवली कि उनकर आयटम नंबर वाला गीत कमाल के बा आ ओकरा के फिलिमावे प गजब के मेहनत भइल बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts