अपना बेटा के जनमदिन अनाथालय के बचवन के साथे मनवले प्रधान मजिस्ट्रेट

गाजीपुर के चीफ जुडिशियल मजिस्ट्रेट कुलदीप सिंह परसो अपना बेटा नितांश के पहिलका जनमदिन मनावे राजकीय बालगृह चहुँपले आ ओहिजा अपना बाप महतारी से बिछुड़ल अनाथ बचवन का संगे ओकर जनमदिन मनवले.

एकरा खातिर बालगृह के अधीक्षक से पहिलही इजाजत ले लिहले रहलन चीफ मजिस्ट्रेट. ओहिजा बचवन के केक मिठाई खिआवल लोग आ देर ले ओहनी का साथे रहल लोग.

एह तरह के आयोजन से बालगृह के अनाथ बहुत खुश भइले.
(वार्ता)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।