हुंकार रैली से पहिलहू पटना अइहें नरेन्द्र मोदी
-

गुजरात के मुख्यमंत्री आ भाजपा का ओर से पीएम उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी पटना में भाजपा के हुंकार रैली में 27 अक्टूबर के शामिल होखे वाला बाड़न. बाकिर ओकरा पहिलही 11 से 14 अक्टूबर ले चार दिन ऊ पटना के श्रीकृष्णापुरी इलाका में नजर अइहें आ एहिजा के लोग के गुजरात सरकार के विकास योजना का बारे में जानकारी दीहे. हालांकि एह दौरान कवनो सभा भा संबोधन के कार्यक्रम नइखे.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts