अबकी दुर्गापूजा पर ट्रक डाइवर ले के अइहे राजकुमार पाण्डेय

भोजपुरी सिनेमा के एक से बढ़ के एक सुपर हिट फिल्म देबे वाला निर्देशक राजकुमार पाण्डेय एह दुर्गापूजा का मौका पर अपना होम प्रोडक्शन साईंदीप फिल्म्स का बैनर में बनल भोजपुरी फिल्म “ट्रक ड्राइवर” ले के आवत बाड़न. दिवाना, लागल रह ए राजाजी, सात सहेलियाँ, देवरा बड़ा सतावेला, मैं नागिन तू नगीना, लहरिया लूट ए राजाजी, आ दुश्मनी जइसन फिल्म दे चुकल राजकुमार पाण्डेय के ट्रक चलइहें भोजपुरी के सुपर स्टार पवन सिंह. अउरी खास कलाकारन में प्रदीप पाण्डेय, चिंटू, अंजना सिंह, ऋतिका शर्मा, काजल राघवानी, राकेश यादव, अयाज खान, उमेश सिंह, आशा शर्मा, आलोक यादव, संजय पाण्डेय आ किरण यादव के नाम शामिल बा.

गीत विनय बिहारी, प्यारेलाल यादव, आर आर पंकज आ हरिश्चन्द्र के, संगीत मधुकर आनंद के, संपादन जितेन्द्र सिंह जीतू के, छायांकन रवि चंदन के, कला इन्द्रजीत शर्मा के, एक्शन दिलिप यादव के आ नृत्य निर्देशन कानू मुखर्जी आ संजय के बा.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।