निरहुआ मेल में निरहुआ के खतरनाक एक्शन
-

श्रीप्रियंका पिक्चर्स का बैनर में एस साईंबाबा आ ए दास के बनावल फिल्म “निरहुआ मेल” में भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ अपना हैरतअंगेज एक्शन से अपना दुश्मनन के सफाया करत लउकीहें. करोड़ो रुपिया खरच कर के फिल्मावल एह फिल्म के एक्शन अबही ले कवनो भोजपुरी फिल्म से अलगा रही.

फिल्म के निर्देशन जी सुब्बाराव के, गीत विनय बिहारी आ प्यारेलाल यादव के, संगीत राजेश रजनीश के, आ एक्शन डायरेक्शन वैंकेट के बा. मुख्य कलाकार बाड़े दिनेश लाल यादव निरहुआ, पाखी हेगडे, अवधेश मिश्रा, गोपाल राय, पुष्पा वर्मा, रोजा उस्मानी आ मनोज टाइगर.


(स्रोत : प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..