अब अग्निवेश के हकीकत जान जाई सगरी दुनिया – मनोज तिवारी

भोजपुरी सिनेमा के मशहूर अभिनेता, गायक आ रियलिटी शो ‘बिग बॉस’ सीजन-4 के प्रतिभागी रहल मनोज तिवारी स्वामी अग्निवेश के बिग बॉस के घर में गइला पर कहले बाड़न कि अग्निवेश एकदम सही जगहा चहुँप गइल बाड़न आ अब उनकर असलियत पूरा दुनिया जान जाई. कहलन कि स्वामी अग्निवेश के व्यक्तित्व के बढ़िया से पोस्टमार्टम कइला का बाद उनुका के बाहर निकाल दिहल जाई. ‘बिग बॉस’ सीजन-4 से खुद बहुते विवाद का बाद ‘बेघर’ भइल मनोज तिवारी एह बारे में बेहतर जानत होइहें. कहलन कि हुए तिवारी ने
कहा, ‘हम देखब कि बिग बास का घर में स्वामी अग्निवेश खुद के कतना जाहिर करत बाड़ब आ कतना लुका लेत बाड़न.’

पिछला लोकसभा चुनाव में गोरखपुर सीट से सपा के टिकट पर चुनाव लड़े वाला मनोज तिवारी सियासत से तौबा कर लिहले बाड़न आ कहले कि राजनीति में छवि खराब हो जाले. अपना बारे में तिवारी के कहना रहल कि लोग उनुका के एगो अभिनेता आ गायके के तौर पर पसन्द करेले.

दिल्ली के रामलीला मैदान में अन्ना हजारे के आंदोलन के दौरान मंच पर नजर आइल तिवारी कहलन कि ऊ भठियरपन का सख्त खिलाफ हउवें आ एह बुराई का खिलाफ कवनो आंदोलन के खुला समर्थन करीहें.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..