नरजिस म्यूजिक खरीदलसि भोजपुरी फिलिमन के संगीत अधिकार

भोजपुरी सिनेमा के संगीत खरीदे में जहाँ बड़का कंपनी हाथ खड़ा कर देत बाड़ी सँ ओहिजा भोजपुरी सिनेमा के संगीत खरीदके ओकरा के सही तरह से प्रमोट करे खातिर नरजिस म्यूजिक कंपनी एगो पहल कइले बिया. शुरूआत राहुल राय प्रोडक्शन के फिल्म ‘एलान बा’ आ प्रवेश लाल यादव अभिनीत फिल्म ‘राजा के रानी से प्यार हो गइल’ के संगीत अधिकार खरीद के कर दिहले बिया “नरजिस म्यूजिक कंपनी”. नरजिस म्यूजिक आवे वाला दिन में लगभग 200 भोजपुरी फिलिमन के संगीत खरीदे वाली बिया.

‘एलान बा’ के निर्माता राहुल राय आ योगेन्द्र तिवारी कइले बाड़न. निर्देशन धीरज कुमार के बा आ मुख्य भूमिका मनोज तिवारी के. एहसे पहिले ‘रंगबाज’ फिल्म के संगीत अधिकार नरजिस म्यूजिक खरीदले रहे आ ओकर गाना आजुओ सुपर डुपर हिट बा. नरजिस म्यूजिक भोजपुरी सिनेमा आ ओकरा गाना के सबले बढ़िया तरीका से प्रमोट करेले आ अपना बेहतर डिस्ट्रीब्यूशन नेटवर्क से ओकरा के आम श्रोता तक चहुँपाइयो देले.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts