अब बंगलो फिलिम में सीमा सिंह के डांस तड़का


भोजपुरी सिनेमा के डांसिंग क्वीन सीमा सिंह अब बंगलो फिलिमन में आपन डांस जलवा देखावल करीहें. शुरूआत भइल बा बंगाली फिल्म ‘लट्टू’ से जवना में उनुका डांस क शूटिंग देखत सगरि लोग सीमा सिंह पर लट्टू हो गइल. फिल्म के निर्देशक हउवें आशीष रॉय. एह फिल्म ‘लट्टू’ में सीमा सिंह के डांस खातिर कोलकाता में खास सेट लगावल गइल आ हजारों दर्शकन का भीड़ का साथही फिलिम के नायक सुब्रत दत्ता आ नायिका मेघना बर्मन अउर उर्वशीओ मौजूद रहली. कहल लोग कि अइसनका डांसर के जरूरत बंगलो फिलिम के बा. सीमा सिंह के भरोसा बा कि ‘लट्टू’ के डाँस से ऊ कोलकतो का लोग के दिल में आपन जगह वना लीहें ओह लोग के लट्टू बना के.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।