गरीबन के रखवाला बनलन प्रवेश लाल यादव
-

फिल्म हीरो में गरीबन के रखवाला बनल प्रवेश लाल यादव गरीबन के हक के आवाज उठावत बाड़न आ हक मारे वालन के बैंड बजावत बाड़ें. हीरो नाम के एगो सड़क छाप युवक के भूमिका में आइल प्रवेश लाल के जोड़ीदार बनल बाड़ी शुभी शर्मा. निरहुआ इंटरटेन्मेंट प्रा०लि० के बैनर तले निर्माता-निर्देशक जी. सुब्बाराव के एह फिल्म में प्रवेश खतरनाक एक्शन करत नजर अइहें. साथ में अवधेश मिश्रा, प्रकाश जैस, एयाज खान आ सत्यप्रकाश के खास भूमिला बा.

बतावल जात बा कि एकरा के एही महीना बिहार, झारखण्ड आ यू.पी. के सिनेमाघरन में रिलीज कइल जाई.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts