अब बदमाश प्रधानो से रंगबाजी मांगे लगलन स

आजमगढ़ के जहानागंज के कुंजी गांव के रहे वाला परधान जी अउर गांव के लोगन से बदमास रंगदारी मागत हउअन स । गांव के लोग आ परधान जी तीनि फरवरी से हरमेसा आवत फोन से परीसान होके ऊ लोग पुलिस कीहां दरखास देके करवार्इ करके मांगि कइल हो ल बाकी अबहुं ले पुलिस कौनो करवार्इ ना कइलसीह। बतावल जाता कि रामनिवास चउहान जहानागंज के कुंजी गांव के रहेवाला हउअन आ ओहि गांव के परधानो हउअन। उनकरा से बदमास पांचि लाख रूपया रंगदारी मंगले बाड़न स. उनकरा के फोनो पर धमकी देले बाड़न स कि ना देब त तोहरा के जान से मार दीहल जाइ जेकरा चलते उनुकर पूरा परिवार में रोअल धोवल मचल बा। परधान जी फोन क के थानेदार साहेब के बोलबो करूअन बाकि अबहुं ले कुछउ पुलिस ना कइलस। पुलिस कहतिया कि जेवन बदमास फोन करता उ त जेल में बन्द बा फेरू उ कइसे फोन करता एकर खोज बीन करतानी जा पता लगते ए पर कारवार्इ कइल जाइ।

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।