नाहिं भइल अगिनशमन केन्द्र के अस्थापना
-

सुरेमनपुर, बलिया. गरमी आवे के धमक सुरू हो गइल बाकी अब ले शासन के कहला आ आडर भेजला के बादो अभिले अगिनशमन केन्द्र नाहीं बनि पावल। पिछला साल के आगि लगला के इयाद अभिले लोग भुलाइल नइखन जेवना चलते लोग डेराइल बाड़न कि एहू साल  अभिले अगिनशमन गाड़ी ना आइलिन स तो इहां के लोग आगि लगला पर पानी कहां से पाइ आ आगि ना बुझार्इ ता टोला के टोला आ गांव के गांव मए जरि के खाक हो जइहन स।बैरिया के विधायक जी जयप्रकाश अंचल कहलन ह कि ओकरा खातिर जगह के पहिचान क के प्रस्ताव शासन के भेजवा दीहल बा जलिदए बनि जाइ, ओकर स्वीकृतियो मिल चुकल बा।घबराए के नइखे।

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts