अब यू ट्यूब पर सुगना के ट्रेलर

भोजपुरी फिल्म निर्माता अब पुरनका तरीका छोड़ नया नया तरीका आजमावल शुरु कर दिहले बाड़न. एही कड़ी में निर्माता निर्देशक अजय ओझा अपना फिल्म “सुगना” के ट्रेलर यू ट्यूब पर जारी कइले बाड़न जहवाँ ओकरा के खूब देखल जा रहल बा. अजय ओझा एह से पहिले हिन्दी फिल्म “सुबह होने तक” आ हम आपके हैं सनम” बना चुकल बाड़न आ “सुगना” उनुकर पहिलका भोजपुरी फिल्म हउवे.
एह पारिवारिक एक्शन फिल्म के मुख्य नायक आदित्य ओझा आ राजीव दिनकर बाड़े आ नायिका बाड़ी कल्पना शाह आ काजल राघवानी. हिंदी सिनेमा के जानल मानल चेहरा प्रमोद माउथो एकर खलनायक बाड़े. फिल्म के गीत पुरनका फिल्म “नदिया के पार” का तरह मधुर आ दिल के छु लेबे वाली बाड़ी सँ.
ब्राउन आई इंटरटेनमेंट का बैनर में बनल एह फिल्म के शूटिंग खास कर के छपरा में, आ मुंबई में, करावल गइल बा. एहमें सीमा सिंह के एगो लाजवाब आयटमो नंबर बावे जवना अबहिये से सभका के झमकवले बा.


(स्रोत : शशिकांत सिंह)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।