अभय सिन्हा के ‘एक दुजे के लिए’

भोजपुरी के सबले बड़का निर्माता अभय सिन्हा अब भोजपुरी परदा पर प्रेम कहानी वाली फिलिम ‘एक दुजे के लिए’ लेके आवत बाड़न. अभय सिन्हा क एह फिल्म में भोजपुरी के दू गो सुपरस्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ आ पवन सिंह बाड़े. एकर निर्माण अभय सिन्हा आ हिन्दी फिल्म निर्माता टी०पी० अग्रवाल मिलके कइले बाड़न. यशी फिल्मस् प्रा०लि० आ कैपिटल फिल्मस् प्रा०लि० के बैनर में बनत एह फिल्म के निर्देशक अनिल अजिताभ हउवें. दक्खिन भारतीय अभिनेत्री मधु शर्मा, एहसान खान आ संगीता रमन के मजगर भुमिका बा एहमें.

भोजपुरी परदा पर हमेशा एक से बढ़कर एक सामाजिक, पारिवारिक फिलिम देबे वाला अभय सिन्हा के पूरा भरोसा बा कि ‘एक दुजे के लिए’हर वर्ग के दर्शकन के नीक लागी.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।