‘मुजरिम’ के मुहुर्त भइल
-

माँ सोमरिया फिल्म्स आ तिवारी इंटरटेन्मेंट के बैनर तले बने जात भोजपुरी फिल्म ‘मुजरिम’ क मुहूर्त पिछला दिने बिहार सरकार के नगर विकास मंत्री प्रेम कुमार नारियल फोड़के कइलन, निर्माता शिवनाथ यादव (बबन यादव) आ योगेन्द्र तिवारी के शूटिंग एह मुहुर्त का साथे पटना लालजी टोला के माँ सोमरिया गेस्ट हाऊस में शुरू कइल गइल.
‘ऐलान’ जइसन हिट फिल्म दे चुकल निर्देशक धीरज कुमार के पेशकश ‘मुजरिम’ में आशिकी फेम राहुल रॉय, योगेन्द्र तिवारी, आनंद ओझा, लवी रोहतगी, बब्बन यादव आ आलोक यादव के प्रमुख भूमिका बा. निर्देशक धीरज कुमार के कहना बा कि शूटिंग पटना, राजगीर आ बोध गया के मनोरम लोकेशन पर कइल जाई. एह फिल्म के अस्सी फीसदी कलाकार बिहारी बाड़ें.

संगीतकार गुणवंत सेन, गीतकार सच्चिदानंद ‘कवच’, विरेन्द्र पाण्डेय आ रमाकांत, छायांकन महेन्द्र पटेल के बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts